हैदर काजमी के दिहल गइल 'द रियल रंगबाज़ ऑफ़ भोजपुरी सिनेमा' के खिताब

भोजपुरी के मजगर अभिनेता हैदर काज़मी के ‘रंगबाज़’ हिट होखला आ नक्सली एरिया जहानाबाद में फ़िल्म ‘कालिया’ के शूटिंग कर लिहला का बादे से मीडिया त ‘रियल रंगबाज़’ क खिताब देइये दिहले रहुवे. अब “आर० के० एक्सलेंस अवार्ड 2012” में हैदर काजमी के ‘द रियल रंगबाज़ ऑफ़ भोजपुरी सिनेमा’ क अवार्ड देके एह बात पर मुहर लगा दिहल गइल कि वाकई में हैदर काज़मीए असली रंगबाज़ हउवें.

जी हँ, जवना तरह से दिलीप कुमार के ‘ट्रेजिडी किंग’, अमिताभ बच्चन को ‘यंग्री यंग मैन’ आ आमिर खान के ‘मिस्टर परफेक्टनिस्ट’ के खिताब से नवाज़ल गइल रहे अब ओही तरह से पहिला बेर भोजपुरी इण्डस्ट्री में कवनो हीरो के अइसन उपाधि मिलल हैदर काज़मी के बड़हन उपलब्धि बा. एह तरह के अवार्ड अबहीं ले भोजपुरी सिनेमा से दूरे रहल बा.

गौरतलब होखे कि जब भोजपुरी सिनेमा के सगरी हीरो ‘सुपर स्टार’ हउवें, हैदर काज़मी कबहु अपना के सुपर स्टार ना मनलन आ हमेशा अपना काम ला ईमानदार रहेलन. ऊ अपना काम के बखूबी अंजाम दिहल जानेले आ भीड़ से अलगा आपन पहचान बनावत भोजपुरी सिनेमा के बढ़न्ती आ दर्शकन के स्वस्थ मनोरंजन करत रहे के चाहेलें.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।