हैदर काजमी के ‘रियल डायनामिक एक्टर’ के अवार्ड मिलल

awarding_Hyderभोजपुरी सिनेमा जगत में ‘रियल रंगबाज’ के नाम से मशहूर हैदर काजमी के अब एगो अउर नया नाम मिल गइल बा ‘रियल डायनामिक एक्टर’ के. हैदर काजमी के आपकी आवाज प्रेस एण्ड मीडिया उनुका फिलिम ‘कालिया’ में उनकर अभिनय खातिर ‘रियल डायनामिक ऐक्टर’ अवार्ड से पिछला 21 जून, 2013 से सम्मानित कइल गइल. एह मौका पर सुपर स्टार दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’, पवन सिंह, खेसारीलाल यादव, नूरी शेख (लड़ाई फेम) अउर योगेश लखानी हैदर काजमी के बधाई देबे खातिर मौजूद रहलें.

फिल्म, सीरियल, भोजपुरी इण्डस्ट्री आ मीडिया के तमाम लोगो एह मौका पर मौजूद रहुवे. ओह में से कई लोग के सम्मानितो कइल गंइल. सबसे पहिले सुनील पाल, दिलीप सेन आ श्रवण राठौड के सम्मानित कइल गइल. फेर विनय आनंद, राहुल राय, मोनिका बेदी, योगेश लखानी, राजन वर्मा, ज़ेबा साजिद, सिंगर पूर्णिमा, सिंगर शबाब साबरी, टीपी अग्रवाल, नरेन्द्र गुप्ता, मीनाक्षी शर्मा, गिरीश वानखेड़े (सिनेमैक्स), डेंटिस्ट डा. वचन शेट्टी, दीपाली (पेनिनसुला ग्राण्ड होटल), अरुण बख्शी, आर.जे. आलोक, उषा मलासी, लिपिका वर्मा, सुदीप पाण्डे, वरुंदा, एकता जैन, दीपक रुइया, इकबाल परवेज, हरी कृष्णा, विकास राधेश्याम वगैरह ढेरे लोग के अलग-अलग क्षेत्र में ओह लोग के बढ़िया काम ला सम्मानित कइल गइल.

एह अवसर पर शबाब साबरी आ सुनील पाल अपना बेहतरीन परफारमेंस से लोग के दिल जीत लिहलें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..