हैदर काजमी के ‘लड़ाई’ बिहार में कामयाबी के झंडा गड़लसि

HyderKazmi-NoorieShekh
भोजपुरी सिनेमा के रियल रंगबाज हैदर काजमी आ चार्मिंग स्टार विशाल तिवारी के जोरदार टक्कर वाली फिलिम ‘लड़ाई’ जब 9 मई का दिने बिहार आ झारखण्ड में रिलीज भइल त दर्शक एकरा के खूब पसंद कइले. जगहे जगह के सिनेमाघरन में देखते देखत हाउसफुल के बोर्ड लटके लागल.

प्रमोशन करे हैदर काजमी आ विशाल तिवारी जब आरा आ जहानाबाद चहुँपले त उत्साही दर्शकन के भीड़ में तोपा गइलें. गरमजोशी से स्वागत भइल एह लोगन के. हैदर काजमी एह फिलिम के गाना गा के सुनवलन आ जे माँगल ओकरा के आपन आटोग्राफ दिहलन, फोटो खिंचववले, आ पत्रकारन से बतियवले.

मिस फेमिना नूरी शेख पहिला बेर एह फिलिम से भोजपुरी फिलिमन में अपना अभिनय के शुरुआत कइले बाड़ी. फिलिम में एगो अउर नायिका बाड़ी अंजना सिंह. नायक हैदर काजमी आ विशाल तिवारी के जोरदार टक्कर त ‘लड़ाई’ के जाने बा.

निर्देशन आनंद गहतराज कइले बाड़न. स्क्वायर फिल्म्स के बैनर तले बनल एह फिलिम के संगीत अमन के श्लोक आ राकेश शर्मा के बा. संवाद आ पटकथा मनोज पांडे के लिखल, स्टोरी आयडिया खुद हैदर काजमी के, मारधाड़ निर्देशन रियाज सुल्तान के, नृत्य निर्देशन संजय कोरबे के, कला निर्देशन अंजनी तिवारी के, ध्वनांकन आरीफ आलम खान के, कैमरासंचालन नरेन्द्र पटेल के, संपादन गोविन्द दुबे के बा. कार्यकारी निर्माता हउवन अखिल के.

फिलिम के कलाकारन में हैदर काजमी, विशाल तिवारी, नूरी शेख, अंजना सिंह, प्रीति सिंघानिया, देव, सीपी भट्ट, डैनी शेहरावत, बालेश्वर सिंह, सोनू झा अउर माया यादव के नाम खास बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..