हैदर काज़मी फिलिम "लड़ाई" में दिल दहलावे वाला स्टंट कइलन

hyder-kazmi-headbandसिनेमा भोजपुरी के रियल रंगबाज कहाएवाला हैदर काजमी अपना फिलिमन में अधिकतर स्टंट खुदे करेलें. पिछला दिने भोजपुरी फिलिम ‘लड़ाई’ओ ला हैदर काज़मी जहानाबाद में अइसन खतरनाक स्टंट कइलन कि देखे वालन के रोँआ खड़ा हो गइल. एगो सीन में हैदर काजमी के अपना देह पर एगो ट्यूब लाइट फोड़ के दू सौ फीट नीचे कूदे के रहल. निर्देशक आनंद डी. गहतराज कहलन कि बढ़िया रही कि ई सीन कवनो डुप्लीकेट से करावल जाव बाकिर हैदर काज़मी कहलन कि ऊ खुदे करीहन ई सीन आ बिना कवनो सुरक्षा पैड लगवले सीन कर दिहलें. अपना पर दर्जनों ट्यूब लाईट फोड़े के सीन हैदर बहुते सहज भाव से कर देखवलें जवना के देख के लोग दंग रह गइल.


(शशिकांत सिहं)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..