हैदर काज़मी आ विशाल तिवारी संगे जूझत बाड़न बालेश्वर सिंह

BaleshwarSinghहर किरदार के जियतार कर देबे वाला आ हर फिलिम में नया लुक में आवे वाला हरफनमौला कलाकार बालेश्वर सिंह हाल ही में ए स्क्वायर प्रोडक्शन के फिलिम “लड़ाई” के शूटिंग पूरा कइलें. एह फिलिम में ऊ निर्देशक आनंद गहतराज के निर्देशन में अभिनय करत बाड़. साथे टक्कर बा रियल रंगबाज़ ऑफ़ भोजपुरी हैदर काज़मी आ मजगर अभिनेता विशाल तिवारी से.

एह फिलिम के मुख्य किरदार बाड़ें हैदर काज़मी, विशाल तिवारी, अंजना सिंह, बालेश्वर सिंह, सी पी भट्ट, डैनी शेरावत, देव सिंह, साहिल शेख, सोनू झा, आ नवोदित अदाकारा नूरी.

बालेश्वर सिंह पिछला दिने बतौर मुख्य खलनायक “गरदा” फिलिम के शूटिंग पूरा कइले बाड़न.


(अपना न्यूज)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।