हैदर काज़मी के आजमगढ़ के कट्टा

भोजपुरी के सुपर डुपर हिट फिल्म ‘रंगबाज’ से आपन रंगबाजी देखा चुकल हैदर काजमी अब कट्टा चलावत नज़र अइहें. उहो अइसन वइसन ना बलुक आजमगढ़ के कट्टा ! हैदर काज़मी एगो फिल्म साईन कइले बाड़न जवना के नाम ह ‘आजमगढ़ के कट्टा’. एकर निर्मात्री हई दीपा यादव आ संगीतकार अउर निर्देशक हउवन राम यादव.

एकर शूटिंग एक दिसम्बर से आजमगढ़ में कइल जाई. अपराध आ तमंचे पर बनत एह ‘आजमगढ़ के कट्टा’ का बारे में निर्मात्री दीपा यादव कहली कि हैदर काजमी के ‘रंगबाज’ देखला का बादे तय कर लिहली कि ‘आजमगढ़ के कट्टा’ में मुख्य भूमिका हैदरे काजमी करीहें. साउंड स्टेशन के बैनर तले बनल एह फिल्म के कहानी आ संवाद लिखले बाड़े हरिद्वार शर्मा. जहानाबाद के हैदर काजमी के कहना बा कि आजमगढ़ में शूटिंग कइल उनुका खातिर एगो नया अनुभव होखी.

फिल्म में दर्शकन के पसंद मुताबिक गीत संगीत राखल गइल बा अइसन कहना बा संगीतकार राम यादव के. फिलहाल ‘आजमगढ़ के कट्टा’ लेके हैदर काजमी एक बेर फेर सुर्खी में आ गइल बाड़न.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।