होली पर रिलीज कइल जाई ‘दिल तोहरे प्यार में पागल हो गईल’

जी-9 इंटनेटमेंट का बैनर तले बनत फिल्म ‘‘दिल तोहरे प्यार में पागल हो गईल’’ के पोस्ट प्रोडक्शन पूरा हो गइल आ अब फिलिम के होली का मौका पर बिहार में रिलीज कइल जाई. फिल्म के निर्माता कमलेश यादव आ निर्देशक इकबाल बख्श हउवे.

‘निरहुआ रिक्शावाला’ से चर्चित कॉमेडियन मनोज सिंह ’टाईगर’ (बताशा चाचा) लमहर अरसा बाद अब निरहुआ का साथे ना बलुक सोम यादव का जोड़ी में आपन पुरान ईयाद ताजा करे आवत बाड़े. बताशा चाचा के ई दुसरकी फिलिम होखी जवना के देख के दर्शक हंसत-हंसत लोट-पोट हो जइहें. फिल्म एक्शन कॉमेडी रोमांस से भरपूर बा. फिल्म के बाकी किरदारन में अनारा गुप्ता, अवधेश मिश्रा, गोपाल रॉय, अयाज खान, रणधीर सिंह, रितु पाण्डेय, सिकन्दर खान, काजल निषाध के नाम लिहल जा सकेला. फिल्म के संगीत विनय बिहारी, आबिद जमाल, समीर सेन आ विवेक अस्थाना के बा त गीत विनय बिहारी आ जितेन्द्र यादव के लिखल, कथा पटकथा संवाद रमेश मिश्रा के लिखल, नृत्य निर्देशन दिलीप मिस्त्री के, छायांकन अरूण हाजरा के, मारधाड़ निर्देशन शकील शेख के बा.


(दिनेश यादव के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..