होली पर रिलीज होखी डा. सुनील के ‘दिलेर’

dr-sunilसिनेमा भोजपुरी का दुनिया में डा. सुनील कुमार के फिलिम रुपिया बरसावेली स. कहल जाला कि डॉ॰ सुनील कुमार के फिलिम आवेवाला होला त दोसर बड़को निर्माता आपन फिलिम हटा ले लें. एहू साल होली का मौका पर 27 मार्च से रिलीज होखे जात बा डा॰ सुनील के फिलिम ‘दिलेर’, जवना में दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’, अक्षरा सिंह, अवधेश मिश्रा, संजय पांडे, अयाज खान, सीमा सिंह, माया यादव, ऋचामणि त्रिपाठी, टार्जन, रूपा सिंह आ मंटूलाल वगैरह जे मुख्य भूमिका बा. निर्देशित कइले बाड़न सुब्बराव गोसांगी.

डा॰ सुनील एह फिलिम ला बहुते उछाह में बाड़ें आ दावा करत बाड़न कि एह साल के सबले बड़ ब्लॉक बस्टर फिलिम होई “दिलेर”. निरहुआ पहिला बेर डा॰ सुनील के फिलिम में आइल बाड़े . कहतारें कि ‘दिलेर’ वाकई में बहुत अलग तरह के फिलिम बावे आ दर्शकन के भरपूर मनोरंजन करी. डा. सुनील हर साल होली पर आपन फिलिम रिलीज करेलें आ उनकर हर फिलिम रिकार्ड ब्रेक कलेक्शन बिटोरेले.

एह साल होली पर बस इहे फिलिम रिलीज होखत बिया. विजय लक्ष्मी इंटरनेशनल के बैनर तले बनल एह फिलिम के कहानीओ डा. सुनील कुमार लिखले बाड़न. निर्देशक बाड़े सुब्बा राव गोसांगी. संवाद लेखक सुरेन्द्र मिश्रा आ प्यारे लाल ‘कवि’, गीतकार प्यारे लाल ‘कवि’, संगीतो विजय लक्ष्मी इंटरनेशनल के बा. कैमरा सम्हरले बाड़न अमर त मारपिटाई करावे के जिम्मेदारी वेंकट का जिम्मे रहल. नृत्य निर्देशन दिलीप एंथोनी आ कानू मुखर्जी कइले बाड़न.


(शशिकांत सिह)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।