होली के महीना मेें भोजपुरी गीत-गवनई कुछ अधिके गुलजार रहेला. अब मशहूर भोजपुरी अभिनेत्री अक्षरा सिंह आजुकाल्ह गीत-गवनई के बाजारो के गुलजार क के रखले बाड़ी.
उनुके गावल एगो गीत वायरल हो रहल बा यूट्यूब पर. गीत केे बोल हऽ आइल ना फलनवा केे बेटा.
एकर गीतकार हउवन छोटू यादव आ संगीतकार छोटू रावत. कंपोजीशन कइले बाट़न धनंजय सिंह कान्हा.
अपना गावल एह गीत केे अक्षरा सिंह केे यूट्यूब चैनल पर रिलीज कइल गइल बा. रउरो सुनीं –
0 Comments