20 सितम्बर से महुआ पर जय जय शिवशंकर

भोजपुरिया दर्शकन के आपन टीवी चैनल महुआ टीवी २० सितम्बर से एगो नया धार्मिक धारावाहिक जय जय शिवशंकर के प्रसारण शुरु कर रहल बा जवन सोमार से बियफे हर रात नौ बजे से देखावल जाई.

जय जय शिवशंकर में एगो मासूम लड़की “नमिता” के कहानी बा जेकरा धर्म का प्रति बेहद आस्था बा. नमिता बिहार के एगो छोटहन किसान रामअवतार के बेटी हिय. राम अवतार का परिवार में उनका मेहरारु, आ बेटी नमिता का अलावा एगो गोद लिहल बेटी कविता बाड़ी. पूरा परिवारे बाबा वैद्यनाथ भगवान शिव में गहिर आस्था राखेला आ नमिता सबले बेसी. ओहि आस्था आ विश्वास के चित्रण एह धारावाहिक में कइल गइल बा.

जय जय शिवशंकर पूरा तरह से पारिवारिक घटना क्रम पर आधारित बा आ घर दुआर के राजनीति आ सामाजिक सरोकारन से जुड़ल एगो सेमी माइथोलाजिकल सोप हवे. एकर निर्माण सागर आर्ट्स का बैनर तर ज्योति सागर कइले बाड़न. निर्देशन आनन्द सागर के ह आ नायिका नमिता के किरदार नया तारिका शोभित निभवले बाड़ी.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *