20 सितम्बर से महुआ पर जय जय शिवशंकर

भोजपुरिया दर्शकन के आपन टीवी चैनल महुआ टीवी २० सितम्बर से एगो नया धार्मिक धारावाहिक जय जय शिवशंकर के प्रसारण शुरु कर रहल बा जवन सोमार से बियफे हर रात नौ बजे से देखावल जाई.

जय जय शिवशंकर में एगो मासूम लड़की “नमिता” के कहानी बा जेकरा धर्म का प्रति बेहद आस्था बा. नमिता बिहार के एगो छोटहन किसान रामअवतार के बेटी हिय. राम अवतार का परिवार में उनका मेहरारु, आ बेटी नमिता का अलावा एगो गोद लिहल बेटी कविता बाड़ी. पूरा परिवारे बाबा वैद्यनाथ भगवान शिव में गहिर आस्था राखेला आ नमिता सबले बेसी. ओहि आस्था आ विश्वास के चित्रण एह धारावाहिक में कइल गइल बा.

जय जय शिवशंकर पूरा तरह से पारिवारिक घटना क्रम पर आधारित बा आ घर दुआर के राजनीति आ सामाजिक सरोकारन से जुड़ल एगो सेमी माइथोलाजिकल सोप हवे. एकर निर्माण सागर आर्ट्स का बैनर तर ज्योति सागर कइले बाड़न. निर्देशन आनन्द सागर के ह आ नायिका नमिता के किरदार नया तारिका शोभित निभवले बाड़ी.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।