१४ जून से दिलदार सांवरिया

DildaarSanwariaसिनेमा भोजपुरी के गरम लिट्टी आ दूइए साल में २८ गो फिलिम में काम करे के अलबेला रिकार्ड बनावे वाली अभिनेत्री अंजना सिंह नया आइल अभिनेता यश कुमार संगे “दिलदार सांवरिया” के नायिका बनल बाड़ी. फिलिम बिहार आ झारखण्ड में १४ जून के रिलीज होखत बा.

बलिया निवासी यश कुमार के ई पहिला फिलिम ह. तन्वी मल्टीमीडिया के बैनर तले एकरा के दीपक शाह बनवले आ विशाल वर्मा निर्देशित कइलें. लेखक एस॰ के॰ चौहान, एक्शन मास्टर वेंकट, कैमरामेन सी॰ जगन. दिलदार सावरिया के बाकी खास कलाकारन में संजय पाण्डेय, आलोक यादव, सोम भूषण , मानवेन्द्र त्रिपाठी, जफर खान, नीलिमा सिंह, सोनिया मिश्रा, रितु सिंह, धर्मेन्द्र, उमाकांत , जैकी आ संजय वर्मा के नाम बा. आयटम डांसर बाड़ी शिल्पी शुक्ला आ मल्लिका शाह.

अपना पहिलका फिलिम ला यश कुमार जम के मेहनत कइले बाड़न आ रिलीज से पहिले स्टार अंजना सिंह संगे बिहार के शहर शहर जा के एह फिलिम के प्रोमोशन कइले बाड़न. यश के तारीफ करत अंजना सिंह कहतारी कि देख के लागते नइखे कि ई यश के पहिलका फिलिम ह.

यश के कहना बा कि परदा पर आवे से पहिले ऊ अभिनय आ नृत्य के बाकायदा प्रशिक्षण लिहलें आ तबे अभिनय करे अइलें. यश का अदाकारी से प्रभावित हो के निर्माता दीपक शाह उनका के दू गो अउरी फिलिमन ला अनुबंधित कर लिहलें. आई लव यू के शूटिंग करीब करीब पूरा होखे पर बा. एकर निर्देशक बाड़ें विनय बिहारी. यश के तिसरका फिलिम के निर्देशक बाड़ें फरोग अहमद सिद्दीकी.


उदय भगत

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।