२२ जिलन में चेयरमैनी के निर्विरोध चुनाव

जिला पंचायत अध्यक्ष के होखे वाला चुनाव में यूपी के २२ जिला में निर्विरोध चुनाव होखे के खबर बा. आ जइसन कि सोचल जा सकेला अधिकतर जगहा बसपा समर्थित उम्मीदवारे जीतल बाड़े. जहाँ निर्विरोध चुनाव नइखे हो पावल ओहिजा १२ तारीख के मतदान करावल जाई. मतदान का बादो बसपे उम्मीदवार अधिका जगहा से जीतिहें आ ई हालात तब बा जब बसपा पंचायत चुनाव से अपना के अलगा राखे के एलान कइले रहुवे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *