२७ जून से बिहार में ‘विजय तिलक’

VijayTilakप्रभु श्री बैनर के फिलिम ‘विजय तिलक’ २७ जून से बिहार में रिलीज़ होखे जात बा. एह फिलिम में दर्शकन के कुछ नयापन देखे के मिली. एकर निर्माता प्रभु चौहान अउर अरविन्द कुमार हउवें आ निर्देशक हवें सनोज मिश्रा. एकरा के पेश करीहें अभय सिन्हा.

एह फिलिम के कहानी केशव पाण्डेय अउर प्रभु चौहान मिल के लिखले बाड़न. कहानी में नौकरी खातिर आपन गाँव छोड़ राजस्थान आवे वाला एगो बिहारी नवही के देखावल गइल बा. ओकरा कइसन मुसीबतन के सामना करे के पड़ता.

फिलिम के गाना बढ़िया बनल बाड़ी सँ. गीतकार बिपिन बहार आ संगीतकार आदित्य हउवन. कैमरामैन नरेंद्र पटेल, कोरिओग्राफर देव जोशी अउर आश्विन गोविन्द, आ फाइट मास्टर दिलीप यादव हउवें.

कलाकारन में विक्रांत आनंद, रीना सोनी, अली खान, संजू सोलंकी, ख़ुशी शाह जइसन बेहद नीमन नीमन नाम शामिल बा. जानल मानल अभिनेत्री मोहिनी घोष एह फिलिम में स्पेशल अपियरेन्स में आइल बाड़ी.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।