३६ घंटा लगातार शूटिंग करावेली पाखी हेगडे


भोजपुरी परदा के सबले लोकप्रिय अभिनेत्री पाखी हेगडे निर्माता आ निर्देशको लोग के पसन्दीदा हई. एह चलते उनुका लगे काम के बोझ अतना बा कि कबो कबो उनका छत्तीस छत्तीस घंटा ले शूटिंग करावे के पड़ जाला. दिन में “संतान” के शूटिंग करत बाड़ी त रात में “रामपुर के लक्ष्मण” खातिर एगो खास गाना के शूटिंग. दिन में असलम शेख निर्देशित फिल्म “भईया हमार दयावान” के शूटिंग त रात में अभय सिन्हा के फिल्म “बिदेसिया” के शूटिंग. कहेली कि निर्माता के ध्यान राखहीं के पड़ेला काहे कि ओह लोग के पूंजी लागल रहेला सिनेमा में आ काम रुकला पर भा देरी होखला से ओह लोग के बहुते नुकसान हो जाला. अपना एह गुनी सुभाव का चलते पाखी हेगडे के सफलतो डबल रेट से मिलेला. जइसे कि हाल ही में रिलीज फिल्म “आखिरी रास्ता” बिहार में कमाल कइले बा त मुंबई में उनकर फिल्म “लोफर” के धूम मचल बा. आजुकाल्हु पाखी हेगडे के नाहियो त दर्जन भर से बेसी फिल्म फ्लोर पर बाड़ी सँ.
(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..