७ मई से रिलीज होखे जा रहल बा दाग

भोजपुरी सिनेमा के मशहूर निर्माता रामाकान्त प्रसाद के बनावल आ निर्देशितो भोजपुरी फिल्म दाग सात मई के बिहार आ झारखण्ड के सिनेमा हालन में रिलीज होखे जा रहल बा. निर्देशक के रुप में ई फिल्म रामाकान्त प्रसाद के पहिलका फिल्म ह.

दाग फिल्म के कहानी एगो मजबूर औरत के ह जवना के धोखा आ फरेब से कलंकिनी बना दिहल जात बा. कर दिहल जात बा ओकरा पति के कत्ल आ बना दिहल जात बा ओकरा दू गो बच्चन के अनाथ. ऊहो औरत मरे मरे के कगार पर चहुँप जात बिया बाकिर भगवान से लड़ के अपना मृत्यु के आदेश पलट देत बिया आ तय करत बिया कि ओह राक्षस के वध कर के रही जे ओकरा हँसत खेलत परिवार के उजाड़ के राख दिहलस.

आदिशक्ति इन्टरटेनमेंट आ कुमारी माई मूवीज के संयुक्त रुप से बनावल फिल्म दाग एगो म्यूजिकल रिवेंज स्टोरी ह जवना में दर्शकन के हर मसाला देखे के मिली. फिल्म के कलाकारन में भोजपुरी किंग स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ आ नेपाली सुपर स्टार विराज भट्ट का साथे पाखी हेगडे, स्वीटी छाबड़ा, स्वाति वर्मा, संजय पाण्डेय, अनिल यादव, महेश राज, गोपाल राय, पुष्पा वर्मा, वंदनी मिश्रा, रत्नेश वर्णवाल आ सीमा सिहं के नाम बा.

फिल्म के धांसू डायलाग कहानी लेखक संतोष मिश्रा के लिखल बा, गाना विनय बिहारी आ प्यारेलाल यादव के लिखल बा. एकर संगीतो विनय बिहारीए दिहले बाड़े. छायाकार रवि चंदन, संपादन जीतू, आ नृत्य निर्देशन कानू मुखर्जी के बा.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।