९ अप्रैल से सुदीप पाण्डे के शराबी

भोजपुरिया एक्शन स्टार कहाये वाला सुदीप पाण्डे रामजी फिल्म्स के प्रस्तुति शराबी में शराबी के भूमिका में नजर आवे जा रहल बाड़े. उनका साथे एह फिल्म में सुहासिनी आ दिया मोदी बाड़ी लोग. निशी चौबे का साथे मिल के सुदीप के बनावल एह फिल्म में वक्त आ हालात के मारल एगो नौजवान के कहानी देखावल गइल बा जे गलत रास्ता पर चले खातिर मजबूर कर दिहल जात बा.

Sudip Pandey in Sharabi

फिल्म के निर्देशन सुमीत राय कइले बाड़े. कहल जा रहल बा कि एह फिल्म में सुदीप पाण्डे का उपर कूछ गरमागरम सीन फिल्मावल गइल बा. गाना श्याम देहाती के आ संगीत लाल सिन्हा के ह.,/p.

फिल्म ९ अप्रैल से रिलीज होखे जा रहल बा.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।