11-11-11 के मुंबई में रिलीज़ होखी रविकिशन के फौलाद

भोजपुरी फिलिमन के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन के “फौलाद” 11-11-11 के मुंबई में रिलीज़ होखे जा रहल बा. एह फिल्म “फौलाद” के निर्माण .श्री ब्रिजेश्वरी फिल्म्स के बैनर तले निर्माता रजनीश गुप्ता कइले बाड़न आ निर्देशन हवे मशहूर कैमरामेन रहल फिरोज खान के. फिल्म में जहां रविकिशन के एक्शन लोग के हैरत में डाली ओहिजे सुशीलो सिंह के भूमिका दर्शकन के रोमांचित करी. साथ में रहीहें छोटका परदा के राजा भईया प्रकाश जैस, अपना अंदाज में दर्शकन के गुदगुदावे खातिर. भोजपुरी खलनायकी के दू गो शाहंशाह अवधेश मिश्रा आ ब्रिजेश त्रिपाठी के जुगलबंदीओ एह फिल्म में बेजोड़ बा. अब हॉट केक बन गइल अभिनेत्री अंजना सिंह के ई पहिला फिल्म हवे. बाकी कलाकारन में हैरी जोश, रत्नेश बरनवाल, रितु पाण्डेय, राजेश तोमर अउर किरण यादव के नाम बा.

फिल्म के संगीत राजेश रजनीश के आ बोल बिपिन बहार, श्याम देहाती अउर प्यारेलाल कवि के बा. कहानी लेखक संजय राय, सह निर्मात्री रितु गुप्ता आ कार्यकारी निर्माता के.एम.सिंह ( कन्हैया ) हउवें. रवि किशन के कहना बा कि फौलाद एगो समगर फिलिम हवे जवन दर्शकन के बहुते पसन्द आई.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..