पाँच गो लुटेरा गिरफ्तार, छह लाख चौदह हजार रुपिया बरामद

देवरिया पुलिस काल्हु बियफे का दिने रुद्रपुर कोतवाली क्षेत्र मे फाइनेन्स कम्पनी के कैशियर से लूट के खुलासा करत तीन गो लुटेरन के गिरफ्तार कर लिहलसि.
एह बात के जानकारी देत अपर पुलिस अधीक्षक देवेन्द्र द्विवेदी बतवलन कि कैशियर दीपक पाण्डेय से चार अक्टूबर के रात गोली मार के छह लाख रुपिया लूट लीहल गइल रहे काल्हु बियफे के पुलिस तीन गो लुटेरा, राकेश सिंह. विनय विश्वकर्मा, अउर मनोज यादव, के रुद्रपुर कस्बा का नियरा गिरफ्तार कर लिहलसि. ओकनी का लगे से लूट के दू लाख चौदह हजार रुपिया बरामद भइल बा.
एगो दोसर घटना में गौरीबाजार कस्बा के बैक से रुपिया निकाल के घरे जात परवेज आलम से कुछ लुटेरा पिस्तौल से धमका के चार लाख रुपिया लूट लीहले. बाकिर ओहिजा मौजूद लोग साहस कइल आ लुटेरन के चहेट के पकड़ लीहल. ओकनी का लगे से चारो लाख रुपिया बरामदो हो गइल. पकड़ाइल बदमाशन के लोग पुलिस के थमा दीहल. एह लूटेरन के नाम पिन्टू आ गुड्डु बतावल जात बा, दुनु गोरखपुर के रहे वाला हउवे सँ. दुनु के जेल भेज दीहल गइल बा.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।