13 जुलाई से रिलीज होखी प्रवेशलाल के ‘हीरो’

भोजपुरी के स्टाइलिश अभिनेता प्रवेशलाल यादव के एक्शन से भरल भोजपुरी फिल्म ‘हीरो’ 13 जुलाई से बिहार, झारखंड आ यू.पी. के सिनेमाघरन में रिलीज कइल जा रहल बा. निरहुआ इंटरटेनमेंट प्रा०लि० के प्रस्तुति आ श्री साई प्रोडक्शन के बैनर तले बनल एह फिल्म के प्रदर्शन तकनीकी कारणन से 29 जून के ना हो पावल रहे.

हीरो में भोजपुरी स्टार प्रवेशलाल यादव के प्रमुख भूमिका बा. उनका साथे एह फिल्म में नायिका बाड़ी शुभी शर्मा आ साथी कलाकारन में अवधेश मिश्रा, प्रकाश जैस, अयाज खान, निलम आ सत्यप्रकाश के खास नाम बा, फिल्म में प्रवेशलाल के खतरनाक एक्शन स्टंट देखे के मिली. ओहिजे शुभी प्रवेश के रोमांसो देखे के मिली. गीत लिखले बाड़ें प्यारेलाल यादव, श्याम देहाती आ बिपिन बहार. संगीत दिहले बाड़न राजेश रजनीश.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..