समुझ में नइखे आवत कि बाझल बानी कि बझावल गइल बानी. बाकिर अतना त जरूर कह सकीलें कि अझुराइल नइखीं.
बाझ भा बाझि के मतलब होला पेंच भा गाँठ भा काम के बोझा. आ जब आदमी ओह पेंच के खोले, सलटावे में लाग जाला त कहल जाला कि बाझल बा. हालांकि बाझ गइल के मतलब इहो होला कि केहू से लड़ पड़ल, केहू से रार बेसाह लीहल. बेसाहल माने होला खरीदल, सौदा कइल. त बाझल कई बेर बेसाहियो के होला त कई बेर बिना मँगले भेंटा जाला. आ कई बेर दोसर केहू रउरा के बझा देला. रउरा बाझ जानी बाकिर रउरा मालूमे ना रहे कि बाझल बानी कि बझावल गइल बानी. इहो सोचऽतानी कि बाझल खातिर हिन्दी में कवन शब्द सटीक रही, व्यस्त कि बोझिल. हमरा समुझ से बाझल ला सही व्यस्ते रही काहे कि कवनो जरूरी ना होखे कि बोझिल आदमी व्यस्तो होखे. कपारे काम के बोझा पड़ल बा त पड़ल रहो, आलसी आदमी बोझिल भइला के परवाह ना करे. बाकिर कामिल आदमी, लायक आदमी, बोझिल भइला प ओह बोझा के उतारे में बाझ जाला, व्यस्त हो जाला.
आ एहि प धेयान में आवत बाड़ें बझउवा. जहाँ ले बाति बा बझउवा के त कुछ लोग नेतवन का तरह माहिर होला एक तरफ के गोल के दोसरा तरफ के गोल से लड़ावे में. बझउवा बहेलिया जइसन होला. आपन जाल पसार के कुछ ना कुछ अइसन छीट देला, बोल देला कि ओह जाल में मासूम चिरईयन का तरह आदमीओ बाझ जाला ओकरा बाझि में. आजुकाल्हु के चुनावी मौसम में बझउवन के बहुतायत हो गइल बा. एक से एक बोल सुने के मिलत बा. बस हमरा के वोट देबे वाला खुश रहसु. हमरा के वोट दे देसु आ ओकरा बाद छोट मोट गलती करे के बा त करत रहसु. आखिर लईका हउवन स आ लइकन से छोट मोट गलती होखते रहेला. जइसो कबो हमरा से हो गइल, कबो मनु से, त कबो नरायन से. जरुरत बा त एह बाति के कि शिकायत करे वालन का खिलाफ कड़ा कार्रवाई होखे. आ बस अतना कहले भर के देर रहे कि सभे बाझ गइल.
बाकिर एहमें अझुरइला के जरूरत नइखे. सोचीं कि बझला आ अझुरइला में का अन्तर होला. व्यस्त त आदमी दुनू हाल में होला बाकिर बझला में समाधान नजर में होला अझुरइला में ना. अझुरइला में समाधान खोजे के होला, निकाले के होला. जइसे कि बाझ पेंच भा गाँठ के कहल जाला. जब गाँठ आसानी से खुल जाए लायक रहे त बाझ होला बाकिर जब बेतरतीब होके बाझ प बाझ लागल होखे त ओहसे अझुराए के पड़ेला. पिछला कई बरीस से देशो के बाझ अझुरा गइल बा. राह आसान नइखे लउकत बाकिर एकरा से निपटल बहुते जरूरी बा. कुछ लोग अबहियों रउरा सभे के बझावे का फेर में बा. अब ई रउरा प बा कि बझा लिहल जात बानी कि बाझ जात बानी. परिणाम जल्दिए सामने आवे वाला बा. देखल जाव ऊँट कवना करवट बइठत बा.
0 Comments