15 अगस्त के रिलीज होखी रिंकू घोष के दू गो फिलिम

मशहूर भोजपुरी नायिका रिंकू घोष के जलवा अबकी 15 अगस्त से बिहार के सिनेमाघरन में डबल बोनांजा बन के छाए वाला बा. ओह दिन उनुकर दू गो फिलिम रिलीज होखीहें सँ आ दुनु एक से बढ़ के एक. को बड़ छोट कहत अपराधु. ‘गंगा जमुना सरस्वती’ में मनोज तिवारी के नायिका बनल आ ‘रखवाला’ में दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ के नायिका बनल बाड़ी रिंकू घोष.

रिंकू घोष के कहना बा कि दुनु फिलिम लाजवाब बाड़ी सँ. ‘रखवाला’ में रिंकू घोष बहुते चुलबुल आ झमकदार गुड़िया बनल बाड़ी जे शादी का बाद एगि जिम्मेदार पत्नी के किरदार निबहले बाड़ी. निरहुआ संगे रिंकू पिछला बेर फिल्म ‘मृत्युंजय’ में आइल रही आ ऊ फिलिम सुपर डुपर हिट भइल रहे. रिंकू घोष के साथ ‘बिदाई’ जइसन सुपर हिट फिल्म देबे वाला असलम शेख एह फिलिम के निर्देशन कइले बाड़ें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..