29 अगस्त से रिलीज होखी ‘एक लैला तीन छैला’

1Laila3Chhailaआर. एम. फिल्म्स प्रा.लि. के बहुचर्चित फिलिम ‘एक लैला तीन छैला’ के दर्शकन खातिर इनामन के बौछार संगे 29 अगस्त से बिहार आ झारखण्ड में रिलीज कइल जाई. एकर निर्माता सन ऑफ मल्लाह मुकेश साहनी एलान कइले बाड़न कि हर दर्शक के टिकट संगे एगो लकी कूपन दिहल जाई. जब एह लकी ड्रा के पुरस्कार निकालल जाई त पहिला विजेता के नैनो कार आ दुसरका के मोटर साईकिल दिहल जाई. एकरा अलावहुँ बहुते इनाम दर्शकन के दिहल जाई. दावा बा कि शाद कुमार निर्देशित ई फिलिम मनोरंजन करे का साथही भोजपुरी सिनेमा के लमहर ऊँचाईओ दी.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।