16 मार्च के रिलीज होखे ला तइयार बा ‘मोहब्‍बत मीठ लागेला’

पटना (टीम रंजन). भोजपुरी फिलिम ‘मोहब्‍बत मीठ लागेला’ 16 मार्च से पूरा बिहार आ झारखण्ड के सिनेमाघरन में रिलीज होखे वाला बा.

ई जानकारी देत निर्माता प्रवीण कुमार बतवलें कि एह फिलिम में भरपूर एक्‍शन, इमोशन, आ रोमांस बा, जवना के देखेवाला खूब पसंद करीहें. शूटिंग मुम्बई, यूपी, पटना, बक्‍सर, आ हाजीपुर में करावल गइल बा जेहसे कि एह फिलिम के भोजपुरी टच दीहल जा सके.

एह फिलिम के र्माण वसीम राजा, प्रवीण कुमार, आ पूनम सिंह साझेदारी में कइले बाड़ें. लेखन आ निर्देशन रंजन शर्मा के बा. संगीत जाहिद अख्‍तर के बा आ गीतकार हउवें जाहिद अख्‍तर, पारस बिहारी, अउऱ संतोष पुरी.

मुख्य कलाकारन में उमेश कुशवाहा आ नेहा श्री का साथे कनक पांडेय, बीना पांडेय के नाम खास बा. उमेश कुशवाहा एही फिलिम से फिलिमन में इंट्री कइले बाड़न.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।