टटका खबर, 18 जनवरी 2017

(साँझ 5 बजे ले)
यूपी चुनाव ला तीन गो वंशवादी गोल – सपा, कांग्रेस, आ रालोद – के गठबन्हन बने के भरपूर उमेद लागत बा. बाप से बगावत क के सपा गोल के सुप्रीमो बन चुकल अखिलेश एह गठबन्हन के रूप रेखा तय करीहें. बतावल जात बा कि कांग्रेस के 90 गो सीट आ रालोद के करीब 20 गो सीट दीहल जाई. ई दूनू गोल कसमसाई त जरूर बाकि तनी उपर नीचे हो के मान जाए के मजबूरी बा एह लोग के. जानत बा लोग कि गठबनहन ना भइल त लाजो बचावल मुश्किल हो जाई. काल्हु ले एह गठबन्हन के एलान लखनऊ से होखे के उमेद बा.

मुलायम सिंह अपना 38 गो उमीदवारन के लिस्ट अखिलेश के दिहले बाड़न जवना में से 36 गो पर अखिलेश के मान जाए के उमेद बा.

कांग्रेस के पुरनिया आ अपना मरदानगी ला मशहूर नेता अउर यूपी आ उत्‍तराखंड के मुख्‍यमंत्री रह चुकल नारायण दत्‍त तिवारी आजू अपना बेटा रोहित शेखर संगे नई दिल्‍ली में भारतीय जनता पार्टी में शामिल हो गइलन.

पंजाब आ गोवा विधानसभा चुनाव ला परचा दाखिला के दौर आजु पूरा हो जोई. एह दूनू राज्यन में एके संगे 4 फरवरी के वोट डालल जाई. पंजाब में 117 आ गोवा में 40 गो सीट बा. परचा के जाँच काल्हु हो जाई आ शनिचर ले नाम वापस लिहल जा सकी.

राष्‍ट्रीय जांच एजेंसी के एगो टीम कानपुर का लगे भइल इंदौर-पटना एक्‍सप्रेस हादसा के जाँच का सिलसिला में बिहार आइल बा आ मोतिहारी में धराइल तीन गो अपराधियन से पूछताछ करे वाला बा. ओकनी के कहना बा कि एह हादसा का पाछे पाकिस्तान के हाथ रहुवे.

जोधपुर जिला सत्र अदालत से फिल्‍म अभिनेता सलमान खान के बरी क दिहल गइल बा.

मेलबर्न में ऑस्‍ट्रेलियन ओपन टेनिस टूर्नामेंट में भारत के सानिया मिर्जा आ रोहन बोपन्‍ना अपना जोड़ीदारन साथे दूसरका दौर में पहुंच गइल बाड़ें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *