18 जुलाई से यूपी आ दिल्ली में गरदा उड़ावत बावे गरदा

Garda-Posterएस एस फिल्म फैक्ट्री के बैनर, निर्माता श्रवण कुमार आ निर्देशक पराग पाटिल के भोजपुरी फिलिम ‘गरदा’ चेन्नई, बिहार, झारखण्ड, मुंबई अउर गुजरात में सफलता के झंडा गाड़ लिहला का बाद 18 जुलाई से उत्तर प्रदेश आ दिल्ली में आपन परचम फहरावत बावे.

निर्माता श्रवण कुमार चूंकि उत्तरे प्रदेश के हउवन आ फिलिम के अधिका शूटिंग गोरखेपुर में करावल गइल रहे से यूपी में एह फिलिम के खास सफलता मिलल बा.

फिलिम के दर्शकन से मिलत प्यार देखि के गरदा टीम के सगरी लोग गदगद बा.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *