20 अप्रैल से देखावल जाई ‘हमार लभ स्टोरी’

मोजरबीयर इंटरटेनमेंट के पहिला भोजपुरी फिल्म ‘हमार लभ स्टोरी’ के प्रदर्शन बिहार आ यूपी के सिनेमाघरन में 20 अप्रैल से कइल जाई.

स्टाईल इंटरटेनमेंट के बैनर तले बनल निर्माता के. अभिनव रेड्डी आ सारा शर्मा के एह फिल्म में भोजपुरी के उभरत स्टार विक्रांत सिंह, नवोदित विक्रांत आनंद आ नयकी तारिका सुरभि के प्रेम त्रिकोण बा. सुरभि एगो मॉडल का किरदार में बाड़ी जिनका से दुनु विक्रांत प्यार करत बाड़े.

निर्देशन जगदीश सी. पाण्डेय के ह. फिल्म का कलाकारन में मुश्ताक खान, अलीखान, ऐहसान कुरैशी, संजय वर्मा आ डेजी इरानी वगैरह शामिल बाड़न. संगीतकार राजेश गुप्ता, गीतकार राजेश मिश्रा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।