20 अप्रैल से देखावल जाई ‘हमार लभ स्टोरी’

मोजरबीयर इंटरटेनमेंट के पहिला भोजपुरी फिल्म ‘हमार लभ स्टोरी’ के प्रदर्शन बिहार आ यूपी के सिनेमाघरन में 20 अप्रैल से कइल जाई.

स्टाईल इंटरटेनमेंट के बैनर तले बनल निर्माता के. अभिनव रेड्डी आ सारा शर्मा के एह फिल्म में भोजपुरी के उभरत स्टार विक्रांत सिंह, नवोदित विक्रांत आनंद आ नयकी तारिका सुरभि के प्रेम त्रिकोण बा. सुरभि एगो मॉडल का किरदार में बाड़ी जिनका से दुनु विक्रांत प्यार करत बाड़े.

निर्देशन जगदीश सी. पाण्डेय के ह. फिल्म का कलाकारन में मुश्ताक खान, अलीखान, ऐहसान कुरैशी, संजय वर्मा आ डेजी इरानी वगैरह शामिल बाड़न. संगीतकार राजेश गुप्ता, गीतकार राजेश मिश्रा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..