2012 में बन जाई पूर्वांचल राज्य

भारतीय समाज पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष ओम प्रकाश राजभर, इंडियन जस्टिस पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष डा. उदित राज, पीस पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष डा. मुहम्मद अयूब आ जनवादी पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष राजेश चौहान गोरखपुर में ऐलान कइले बाड़े कि ऊ लोग पूर्वांचल राज्य बनवाावे के आन्दोलन तेज करे जा रहल बा. एह उद्देश्य के सफलता खातिर जरुरी बा कि जनता के विश्वास जीतल जाव. कोशिश रही कि पूर्वाचल राज्य का लड़ाई में आम जनता के खुला भागीदारी होखे.

अतवार का दिने गोरखपुर के प्रेस क्लब में पत्रकारन से संयुक्त रुप से बतियावत ई लोग दावा कइल कि साल २०१२ ले पूर्वांचल राज्य बन जाई. अपना दावा के समर्थन में ऊ लोग भरपूर तथ्य आ तर्क दिहल. योजना के कैलेण्डर समुझावत कहल लोग कि अगिला साल २०११ ले राज्य संबंधी प्रस्ताव विधानसभा से पारित होके केन्द्र का लगे चल जाई. कहल लोग कि कांग्रेस, भाजपा, सपा, बसपा सब एके थरिया के बैंगन हउवें जवन सबके सब जाति क राजनीति करत बाड़े. जबकि अॡना बारे में कहल लोग कि ऊ लोग जाति धर्म का राजनीति में विश्वास ना करे. ओह लोग के कोशीश बा कि जनता का सोझा एगो मजगर विकल्प पेश कइल जाव.


(स्रोत : धर्मेन्द्र कुमार पाण्डेय, गोरखपुर)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।