साल: 2013

तीन दिन के बरखा में पचपन लोग मरल

यूपी में खास कर के पूर्वांचल में पिछला तीन दिन से हो रहल मूसलाधार बरखा का चलते एह इलाकन में कम से कम पचपन लोग के जान गइल बा. गोरखपुर में बरखा पिछला कई साल के रिकार्ड तूड़ दिहलसि जब एके दिन में नाहियो त पौने चार सौ मिलीमीटर बरखा...

Read More

यूपी में अब निजी अस्पतालो में जननी सुरक्षा के सुविधा

सरकार के प्रस्ताव बा कि जननी सुरक्षा योजना के चेके अब निजी अस्पतालनो में प्रसव करवला पर मिलल करी. आशा बहुअन के चेको एह ला दिहल जाई. बाकिर एह खातिर ओही अस्पतालन के नामित कइल जाई जवन सगरी सुविधा से लैस...

Read More

मोतिहारी टीसन से पाँच गो ठग पकड़इलें

एगो सोना व्यापारी के निशानदेही पर पुलिस मोतिहारी टीसन पर पाँच गो ठगन के पकड़ लिहलसि. ई सगरी ठग ओड़िया हउवें आ ग्रामीण इलाकन में सोझबक मेहरारुवन के बेवकूफ बना के ओहनी के असली गहना बदल के नकली गहना थमा देत रहले सँ. एह बीच दू गो ठग...

Read More

बीडीओ से बदसलूकी करे वाला आदमी जेल भेजल गइल

शुक का दिने केसरिया के बीडीओ शिवनाथ ठाकुर से नशा का हालत में बदसलूकी करे वाला आदमी के शनिचर का दिने पुलिस गिरफ्तार कर के लिहलसि आ ओकरा के न्यायायिक हिरासत में भेज दिहल गइल बा. गिरफ्तार आदमी मनोहर छपरा के सुरेन्द्र यादव...

Read More

नौरंगिया गोलीकांड में बेकसूरन के फँसावे पर बात बिगड़ जाई

लोजपा नेता चिराग पासवान लौरिया के भगत सिहं चौक पर अपना समर्थकन के संबोधित करत कहलन कि अगर नौरंगिया गोलीकांड में जवन सात सौ लोग पर मुकदमा लादल गइल बा अगर ओह लोग के परेशान कइल गइल त सगरी बिहार जर उठी. भाजपा एह गोलीकाड के पहिलही से...

Read More

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..