21 वाँ राष्ट्रमंडल खेल में भारत के रजत पदक से खाता खोललसि, एगो स्वर्णो पदक मिलल


गोल्ड कोस्ट, 05 अप्रैल (वार्ता) वजन उठावे का खेल में भारत के पी गुरूराजा आजु 21वां राष्ट्रमंडल खेल के पहिलका दिने पुरूषन के 56 किग्रा भार वर्ग में रजत पदक जीतके एह खेलन में भारत के खाता खोल दिहलन. 25 बरीस के गुरूराजा कुल 249 किग्रा के वजन उठाके फाइनल में दुसरका जगहा अइलें आ रजत पदक हासिल कइलें. ई कवनो भारतीय खिलाड़ी के अबले के सबले बढ़िया निजी प्रदर्शनो रहल. भारतीय वायु सेना में कार्यरत गुरूराजा स्नैच में 111 किग्रा आ क्लीन एंड जर्क में 138 किग्रा वजन उठवलन.
एह स्पर्धा में मलेशिया के तीन बार के राष्ट्रमंडल चैंपियन मुहम्मद इजहार अहमद स्नैच का रिकार्ड तूड़लन आ कुल 261 किग्रा वजन उठा के स्वर्ण पदक पर कब्जा कइलन. श्रीलंका के कांस्य पदक मिलल. श्रीलंका के लकमल चातुरंगा स्नैच में 114 किग्रा आ क्लीन एंड जर्क में 134 किग्रा वजन उठआवत कांस्य पदक अपना नामे कइलन.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।