21 वाँ राष्ट्रमंडल खेल में भारत के मीराबाई चानु हासिल कइली स्वर्ण पदक


गोल्ड कोस्ट, 05 अप्रैल (वार्ता). भारत के उम्मीदन के भार सम्हारत प्रतियोगिता में शामिल भइल भारोत्तोलक मीराबाई चानु महिलन के 48 किग्रा वर्ग में रिकार्ड 196 किग्रा वजन उठा के भारत का झोरा में एह खेलन के पहिलका स्वर्ण पदक डाल दिहली.
मीराबाई से पहिलहीं से स्वर्ण पदक जीते के उमीद कइल जात रहुवे आ बड़हन दबाव का बावजूद ऊ निराश ना कइली. भारत के खिलाड़ी मीराबाई चानू राष्ट्रमंडल रिकार्ड आ राष्ट्रमंडल खेल रिकार्ड बनावत कुल 196 किग्रा वजन उठा देखवली आ स्वर्ण पदक हासिल क लिहली. गोल्ड कोस्ट में भारत के मिले वाला ई पहिलका स्वर्ण पदक हो गइल बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।