रसड़ा, बलिया। चिलकहर आ नगरा के खंड शिक्षा अधिकारी पीके उपाध्याय जी कहले बाड़न कि दूनों बलाक के मय मास्टर लोग कवनो दसा में 24 फरवरी ले आपन आपन आयकर के फारम जमा क देहु लो नाहीं त कुलिह तनखाह पर टैक्स काटि लीहल जाइ त परेसानी होइ जाइ। फारम भरला में कवनो परीसानी होखे त पवन कुमार सिंह एबीआरसी आ साहेब राम उप्रावि चिलकहर से मिलि के फारम भरवा के जमा करी सभें।
0 Comments