25 हजार के इनामी समेत सात गो माओवादी गिरफ्तार

मोतिहारी 24 अक्टूबर (वार्ता) नेपाल से लगल पूर्वी चंपारण जिला के कुरवाचैनपुर इलाका के गोरगामां गांव से पुलिस एगो पचीस हजार के इनामी माओवादी समेत सात गो उग्रवादियन के असलहा समेत गिरफ्तार कइले बिया.

पुलिस अधीक्षक विनय कुमार बतवलन कि खुफिया जानकारी मिलला का बाद अपर पुलिस अधीक्षक.अभियान. संजय सिंह आ केन्द्रीय रिर्जव पुलिस बल.सीआरपीएफ. के समादेष्टा परमशिवम के नेतृत्व मे एगो संयुक्त टीम बना के गोरगामां गांव में एह प्रतिबंधित संगठन के डा. अरूण कुमार का घर प छापामारी कइल गइल.

एह छापामारी में 25 हजार रूपिया के इनामी आ स्वयंभू एरिया कमांडर जहीर मदारी, नन्हकू पासवान, आ ठाकुर के गिरफ्तार क लीहल गइल. एहनी का लगे से एगो आटोमेटीक एके 47, एगो पिस्तौल आ कुछ कारतूस जब्त कइल गइल, बाद में एहनी के निशानदेही पर चार गो अउरी माओवादियन के गिरफ्तार क लीहल गइल.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।