26 अक्टूबर से बिहार में सोनू झा के ‘अंतिम तांडव’

बेहतरीन अभिनय आ निर्देशन से सजल खलनायक सोनू झा के फिल्म अंतिम तांडव 26 अक्टूबर से बिहार के 65 गो सिनेमा घर में एक रिलीज कइल जाई. एह फिलिम में रोमांस, कामेडी, एक्शन, सुने लायक गीत-संगीत आ दिल दहलावे वाला मार-पीट देखे के मिली. नायक हउवें विराज भट्ट. एह फिलिम के चरचा अतना जोरदार बा कि वितरक संजीव कुमार के कहना बा कि उनकर आफिस बिहार के सिनेमा घर मालिकन से सबेरे से साँझ ले भरल रहत बा. एक्शन स्टार विराज भट्ट पहिला बेर अइसनका खलनायक से टक्कर लीहें जेकर बिहार में एकछत्र राज चलेला. बिहार के पृष्ठभूमि पर बनल एह फिल्म के शूटिंग दरभंगा आ झंझारपुर में भइल बा. बैनर बावे नंद किशोर फिल्मस् एण्ड इंटरटेंनमेंट के.

खलनायक सोनू झा के अनेके फिलिम एहसे पहिले रिलीह हो चुकल बा. आवे वाली फिलिमन में ‘चालबाज चुलबुल पाण्डेय‘ जल्दिए रिलीज होखे के उमेद बा.

निर्देशक दिलीप शर्मा, प्रस्तुति झलकू शर्मा, लेखक राकेश त्रिपाठी, गीत राजेश मिश्रा, फणींदर राव, अशोक सिंहा, जियालाला यादव, संगीत छोटे बाबा, छायांकन देवेन्द्र तिवारी, नृत्य कानू मुखर्जी, संतोष स्वदेशी, मारधाड़ हीरा यादव, निर्माण प्रबंधक आजाद झा, सह निर्देशक धनंजय तिवारी, आ सह निर्माता अखिलेश हउवें.

मुख्य कलाकार, विराज भट्ट, स्मृति सिन्हा, अनारा गुप्ता, सोनू झा, विनोद मिश्रा, ललितेश झा, हीरा यादव, देव सिंह, रोहित सिंह मटरू, देव कुमार, संजीव स्वराज, राजीव झा, बद्री ठाकुर, प्रीती सिंह, सुनील वर्मा, सुभाष यादव, गौरव सिंह, टार्जन, शिवराज, कामरूद्दीन, धीरज मिश्रा, रविन्द्र नाथ गुप्ता, धरम, ओम कुमार, बम शंकर सेन, संदीप सावके, सुरेन्द्र मिश्रा संगी दूबे, सीमा सिंह आ प्रिया शर्मा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।