क्रोकस सिटी हॉल पर इस्लामी आतंकी हमला, डेेढ़ सौ लोग के मौत

अउरिओ गम बा दुनिया में केजरीवाल का सिवा !

ऐने कई दिन सेे केजरीवालेे केजरीवाल सेे भरल बा देश के मीडिया. जहँवेे देखऽ तहवेें एकरेे चरचा. आ स्वामिभक्ति केे मिसाल बन के उभरल बावेे पोसुआ मीडिया. अतना स्वामिभक्ति शायद कुकुरनो मेें ना देखे के मिले.

रूस के राजधानी मास्को केेे क्रोकस सिटी हॉल पर जुम्मा का दिन, शुक कहला मेें ऊ बात ना आई जवन जुम्मा कहला पर आई, भइल इस्लामी आतंकी हमला मेें डेढ़ सौ लोग सेे बेसी के मौत हो गइल बा आ सौ से बेेसी लोग घवाहिल बावेे. हताहतन के गिनिती अउरी बढ़े के अनेसा बनल बावे.

एह आतंकी हमला के जिम्मेदारी लेत एगो इस्लामी आतंकी संगठन इस्लामिक स्टेट खुशी जतावत दावा कइले बा कि रमजान के पाक महीना मेें सैकड़न ईसाईयन के जान ले लिहनी सँ.

भारत के पीएम नरेेन्द्र मोदी एह घटना के निन्दा करत कहले बाड़न कि, मास्को में भइल एह दुर्भाग्यपूर्ण आतंकी हमला केे हमनी का घनघोर निन्दा करत बानी. भुक्तभोगियन के परिवार का साथेे हमनी के दुख संतप्त बानी जा, एह दुख का घड़ी में भारत ओहिजा के लोग का साथेे बिया.

बाकिर इंडीयन (एकरा के इंडियन सेे कन्फ्यूज कइला के जरुरत नइखे) गुट मेें शामिल गोलन के कवनो नेेता कुछ नइखे कहलेे. जब ई लोग बदायूंं का लोमहर्षक हत्याकाण्ड पर हत्यारन से सहानुभूति जतवला का सिवा कुछ ना कइल त ई घटना त रुस में भइल बा. आ चूंकि हमला इस्लामी आतंकी संगठन कइले बा त एकरा खिलाफ कुछ बोलल ओह लोग के आत्मघाती लागत होखी.

दुनिया मेें भोजपुरी मेें एह सबले पुरान वेबसाइट अंजोरिया डॉटकॉम का लगेे अतना बेेंवत नइखे कि आपन पत्रकार भा लिखनिहार राख सको, सेे दोसरेे मीडिया केे सहारा ले के काम चलावेे के पड़ेेला. अगर रउरा सभे अंजोरिया केे मजबूत आ बेंवतगर बनावेे केे चाहत रखत बानी त एह खबर के अपना सोशल मीडिया मंच पर साझा त करिए सकत बानी. अबहीं एकर दैनिक पाठकन के गिनिती हजारो नइखेे पार करत, जबकि चाहत बानी कि रोज कम से कम दस हजार लोग एकरा के देखे-पढ़ेे आवे. आ ई काम रउरा सभेे का सहजोग का बिना ना हो सकेे. नौ के लाठी एक के बोझा !

एहसेे मास्को के हमला का बारे मेें तनी विस्तार से जाने ला, नीचे दीहल वीडियो देखीं सभे –

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।