28 सितम्बर के मुंबई में रिलीज होखी ‘कालिया’

भोजपुरी के सबले चर्चित फिलिम ‘कालिया’ बिहार में सात सितम्बर के रिलीज होखी आ मुंबई में 28 सितम्बर के. सिनेमा भोजपुरी के रियल रंगबाज हैदर काजमी आ सेक्सी बाला अक्षरा सिंह के मुख्य भूमिका वाली एह फिल्म ‘कालिया’ के संगीत पहिलहीं से हंगामा बरपवले बा. रिलीज से पहिलही बिहार में कालिया के चरचा बा. एकर शूटिंग जहानाबाद में भइल रहे.

नरजिस म्यूजिक के जारी कइल कालिया के संगीत संगीतकार अमन के. श्लोक के ह आ एह गीतन के लोकप्रियता इंटरनेट पर जम के देखे के मिलत बा. निर्देशक आ कहानी लेखक शिवराम यादव हउवें.


(स्रोत – शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..