29 जून से सिनेमाघरों में ‘हीरो’ के टिकट ब्लैक करीहें प्रवेशलाल

बॉक्स ऑफिस पर कई एक हिट फिलिम दे के टिकट ब्लैकियरन के चाँदी कराए वाला स्टाईलिश भोजपुरी स्टार प्रवेशलाल यादव अपना चर्चित एक्शन फिल्म फिलिम ‘हीरो’ में खुद परदा पर टिकट ब्लैकियर के भूमिका कइले बाड़ें. एह फिल्म ‘हीरो’ के 29 जून से बिहार, झारखण्ड आ यु.पी. के सिनेमाघरन में रिलीज कइल जाई.

निरहुआ इंटरटेनमेंट प्राइवेट लिमिटेड प्रस्तुत ‘हीरो’ में प्रवेश के जोड़ी शुभी शर्मा के साथे बा. निर्माता-निर्देशक जी. सुब्बाराव हउवें. साथी कलाकारन में अवधेश मिश्रा, प्रकाश जैस, नीलम आ सत्यप्रकाश के खास भूमिका बा. गीतकार हउवें प्यारे लाल यादव, श्याम देहाती आ विपिन बहार जबकि संगीत दिहले बाड़न राजेश रजनीश. ऑडियो वीनस पर जारी भइल बा.

प्रवेशलाल यादव के उम्मीद बा कि ‘हीरो’ से बॉक्स ऑफिस पर उनुकर पहचान बन जाई.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..