3 फरवरी से देखावल जाई भोजपुरी की सबले महंग फिल्म ‘‘खून पसीना’’

भोजपुरी में अबले के सबले महंग फिल्म ‘‘खून पसीना’’ 3 फरवरी से बिहार के 70 से अधिका सिनेमाघरन में देखावल जाई. निरहुआ इंटरटेनमेंट प्रा. लि. के प्रस्तुति आ शिव फिल्मस् के बैनर तले बनल एह फिल्म के निर्माण हिन्दी फिल्म ‘‘दिल दिया है’’ आ ‘‘आशिक बनाया आपने’’ के निर्माता बाला भाई कइले बाड़न. निर्देशन कइले बाड़ै भोजपुरी के नं. 1 निर्देशक रामाकांत प्रसाद. बतावल जात बा कि फिल्म अढ़ाई करोड़ रुपिया लगा के बनावल गइल बा.

खून पसीना में भोजपुरी सिनेमा के दू गो सबले बड़ सुपरस्टार दिनेशलाल निरहुआ आ पवन सिंह के जोड़ी बा. फिल्म में खतरनाक एक्शन स्टंट के भरमार बा आ एक से बढ़िके एक भव्य सेट देखे के मिली दर्शकन के. एह फिल्म का जरिये पहिला बेर भोजपुरी फिलिम में अत्याधुनिक तकनीक आ ग्रॉफिक्स के इस्तेमाल कइल गइल बा. एह फिल्म के सफलता खातिर पूरा भोजपुरी इंडस्ट्री आशावान बा.

“खून पसीना” के कहानी दू गो दोस्तन के ह, जे अपना-अपना मंजिल पावे खातिर अलग-अलग राह पर चल देत बाड़े. फिल्म में पाखी हेगड़े, मोनालिसा दू गो नायिका बाड़ी सं आ प्रियो शर्मा के लटका-झटका देखे के मिली. साथ में अनिल यादव, बिपिन सिंह, हीरा यादव, वंदनी मिश्रा, विनोद मिश्रा, नीरज राज पौडेल आ ब्रजेश त्रिपाठी प्रमुख भूमिका में बाड़े. गीत अशोक कुमार दीप, बिनय बिहारी आ प्यारे लाल यादव के लिखल आ संगीत अशोक कुमार दीप के ह.

फिल्म के निर्देशक रामाकांत प्रसाद के अनुसार “खून पसीना” एगो कंपलीट एक्शन पैक्ड फिल्म हवे जवन तीन घंटा ले दर्शकन के भरपूर मनोरंजन करी.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।