30 अगस्त के मुबई अइहें ‘गोबर सिंह’

gobar-singh-manojभोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी के रिकार्ड पर रिकार्ड तोड़त फिलिम ‘गोबर सिंह’ उत्तर प्रदेश में हंगामा मचवला क बाद अब मुंबई में रहे वाला उत्तर भारतीयन के दिल जीते आवत बिया. फिलिम मुंबई में 30 अगस्त के रिलीज होखी. यूपी के मीडिया एह बात के खुबे रेघरियवले बा कि एह फिलिम के सफलता से तय होखी कि लोग कवना तरह के भोजपुरी फिलिम देखल चाहत बा. एह फिलिम के मीडिया हाथो हाथ लिहले बा. सभे एकर तारीफ कइले बा आ कुछ के कहना बा कि एह फिलिम के अवार्ड मिले के चाहीं.

फिलिम के निर्देशक बॉबी सिंह के कहना बा कि ‘गोबर सिंह’ के भूमिका दुइए आदमी कर सकत रहुवे. हिंदी में राजकपूर आ भोजपुरी मे मनोज तिवारी. एह फिलिम के नायिका बाड़ी रिंकू घोष. साथी कलाकारन में पारुल यादव, संतोष सिंह, फूल सिंह, नवल किशोर, राकेश त्रिपाठी, मोना राय, विकास सिंह वीरप्पन, प्रभुनाथ सिंह, राजेश तोमर, खुद निर्देशक बॉबी सिंह, आ महाराष्ट्र के कांग्रेसी नेता कृपा शंकर सिंह शामिल बाड़े,

फिलिम में आठ गो गाना बा जवना के लिखले बाड़े श्याम देहाती अउर राजेश मिश्रा आ संगीत दिहले बाड़े लाल सिन्हा. संवाद लेखक राकेश त्रिपाठी आ मनोज कुशवाहा हउवें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।