4 मई के रिलीज होखी ‘‘सौगंध गंगा मईया के’’

आयुष्मान मेडिएन्ट प्रा॰ लि॰ के बैनर में प्रसिद्ध निर्माता दिलीप जयसवाल के पेशकश ‘‘सौगंध गंगा मईया के’’ बिहार के सिनेमाघरन में 4 मई से प्रदर्शित होखे वाली बा. अमिताभ चन्द्रा निर्मित एह फिल्म के निर्देशन भोजपुरी के सुपरहिट निर्देशक राजकुमार पाण्डेय कइले बाड़न. सुपर स्टार पवन सिंह, एक्शन किंग मनोज पाण्डेय आ नया सितारा प्रदीप पाण्डेय चिन्टु गंगा मइया के सौगंध पुरावत नजर अइहें.

तीन भाईयन क कहानी वाली एह फिल्म में शानदार एक्शन संगे मधुर गीत संगीत के जबरदस्त समावेश देखे के मिली. पूरा शुटिंग वाराणसी के मनोरम लोकेशनन पर कइल गइल बा.

फिल्म में नयकी अदाकारा काव्या, स्मृति सिन्हा, अक्षरा सिंह, प्रतिभा पाण्डेय, अवधेश मिश्रा, संजय पाण्डेय, बृजेश त्रिपाठी, एयाज खान, के.के. गोस्वामी, गोपाल राय, किरण यादव, वंदनी मिश्रा, अनुप अरोड़ा, सीमा सिंह, निसार खान, चाँदनी आ पटना के राकेश यादव के प्रमुख भुमिका बा. गीतकार विनय बिहारी, राजकुमार पाण्डेय, प्यारे लाल यादव, पप्पु ओझा, श्याम देहाती अउर आर.आर. पंकज हउवें जबकि संगीत मधुकर आनंद के बा.

फिल्म के सफलता ला उद्योग के ढेरे उम्मीद लागल बा. गाना त अबहिए से दर्शकन का जुबान पर चढ़ चुकल बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।