41.60 लाख रूपया के गबन

छपरा। शहर के एगो सोना के व्यवसायी ओमजी के साथ धोखाधड़ी क के 41.60 लाख रूपया के गबन के एगो मामिला में सीजेएम कोर्ट में दर्ज एगो मुकदमा में सुनवाई करत सीजेएम साहेब नगर थानाध्यक्ष के इ आदेश दीहलन कि एफआईआर दर्ज कइल जाउ। मुकदमा में व्यवसायी कहले बाड़न कि एसबीआई के मुख्य शाखा छपरा से 41.60 लाख रूपया यूपी के लखनऊ के एगो कंपनी में पावर बैंक खाता प्रणाली में जमा करके खातिर पिछला पांच फरवरी के उ बैंक के कैशियर एसके श्रीवास्तव आ कैश आफिसर श्याम चौधरी के रूपया दीहले रहुवन बाकी अभियो ले उ रूपया खाता में ना पहुंचल बा।

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।