7 सितम्बर से बिहार में देखावल जाई ‘लावारिस’

आरोही फिल्मस् के बैनर तले बनल फिल्म ‘लावारिस’ के प्रदर्शन बिहार में 7 सितम्बर से होखे वाला बा. निर्माता अजय सिन्हा अउर नासिर जमाल आ निर्देशक देव पाण्डेय के एह फिल्म के लावारिस हउवें पवन सिंह. फिल्म में पवन सिंह के जोड़ी अंजना सिंह से लगावल गइल बा.साथे बाड़ें गजेन्द्र चौहान, सत्येन्द्र सिंह, रवि उज्जैन, आकाश मुखर्जी, उर्वशी चौधरी, रानी चतुर्वेदी, सी. पी. भट्ट, संजय वर्मा, अभय रॉय, सूर्या द्विवेदी, रिया आ शहजाद खान. डांसिग क्वीन संभावना सेठ के आईटम बा एह फिल्म में. लेखक विनय बिहारी, गीतकार अशोक कुमार ‘दीप’, विनय बिहारी, संगीतकार अशोक कुमार ‘दीप’ हउवें.

बिहार में एह फिल्म के वितरण रेणू विजय फिल्मस् कइले बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..