8 मार्च के लांच होखी भोजपुरीनामा

Bhojpurinama-logoभोजपुरी भाषा आ संस्कृति से जुडल एगो नया डिजिटल चैनल ’भोजपुरी नामा डॉट कॉम – माटी की महक’ 8 मार्च से शुरू होखे वाला बा. एह चैनल पर भोजपुरी प्रेमी भोजपुरी सिनेमा के हर खबर से हर पल वाकिफ होत रहीहें. एह चैनल के भोजपुरी क्षेत्र में एगो नया क्रांति के रूप में देखल जाई काहे कि ई भोजपुरी के पहिलका डिजिटल चैनल होई जवना के नेट के जरिये देश-दुनिया में देखल जा सकी.

’वी3मोबी’ के परोसल एह डिजिटल चैनल से फिलिम बने के शुरूआत से लगवले रिलीज होखे आ ओकरा बादो के हर खबर जन जन ले चहुँपावल जाई साथही भोजपुरी भाषा आ संस्कृति से जुड़ल हर पहलुओ पर नजर राखल जाई. भोजपुरी लोक संस्कृति, लोक विधा, पारम्परिक गीत आ रीति रिवाजो के एह पर समय समय पर पेश कइल जाई जेहसे देश विदेश में बसल अपना रोजी रोजगार में लागल भोजपुरिया लोग तक भोजपुरिया माटी के गमक चौबीसो घंटा चहुँपावल जा सके.


(अपना न्यूज)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..