अपना शर्त पर जिये वाला रफ टफ आदमी के कहानी बा रंगबाज में

जहानाबाद के मूल निवासी हैदर काजमी कई गो हिन्दी फिल्म आ धारावाहिकन में काम कर चुकला का बाद पहिला बेर भोजपुरी फिल्म “रंगबाज” में बतौर नायक इंट्री करे जा रहल बाड़न. एह सिलसिला में जब उनका से बात करे के मौका मिलल त हैदर काजमी के कहना रहे कि, “फिल्म रंगबाज अपना शर्त पर जिये वाला एगो रफ टफ आदमी के कहानी पर बनल बा. एही रफ टफ आदमी कृष्णा यादव के किरदार करे के मिलल बा हैदर काजमी के. बतवले कि चूंकि एह फिल्म के निर्देशक शिवराम यादव का साथ ऊ पहिले हिन्दी फिल्म “पथ” कर चुकल रहलन आ फिल्म के कहानी में उनकर भूमिका दमदार लागल त हामी भर दिहलन आ एह फिल्म से हैदर काजमी के भोजपुरी सिनेमा जगत में प्रवेश हो गइल. हैदर काजमी के पूरा विश्वास बा कि फिल्म दर्शकन के पसन्द आई काहे कि दर्शक एह फिल्म में आपन खुद के मौजूदगी महसूस करीहें. दोसरे फिल्म में नौ गो गाना बावे जवना में से दू गो पर सीमा सिंह आ एगो पर तसलीमा शेख के आयटम नंबर फिल्मावल गइल बा. फिल्म के नायिका रानी चटर्जी हई जे प्रतिभाशाली अभिनेत्रियन में गिनाली आ एहू फिल्म में ऊ बेहतर काम कइले बाड़ी.

अपना बातचीत में हैदर काजमी एह बात के बखूबी रेघरियवलन कि कवनो जरुरी नइखे कि जे आदमी कला के एक विधा में पारंगत बा ऊ दोसरो विधा में वइसने पारंगत होखे. काजमी के कहना बा कि भोजपुरी सिनेमा में बढ़िया अभिनेता के बहुते कमी बा आ निर्माता लोगन के चाहीं कि बढ़िया अभिनेता के मौका देसु आ सार्थक विषय पर फिल्म बनावसु जेहसे कि भोजपुरी सिनेमा के बढ़न्ती हो सके.

अपना काम का बारे में हैदर काजमी कहले कि रउरा सभे एकबेर रंगबाज जरुर देखीं आ एकरा बारे में ईमानदारी से आपन राय दीं. बढ़िया लागे उहो बताईं आ खराब लागे उहो. जेहसे कि आगा चल के ओकरा के सुधारल जा सके.

पूछला पर कि कवना तरह के भूमिका करल पसन्द करब, काजमी के कहना रहे कि ऊ किरदार जवन उनुका पर फिट हो सके आ जवना में ऊ फिट हो सकसु.
(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।