प्यार हो जाला के निगेटिव कटिंग
-

पिछला दिने हीरा फिल्म इंटरटेनमेंट के भोजपुरी फिल्म “प्यार हो जाला” के पहिला निगेटिव कटिंग मुंबई के राउको लैब में राजदीप सैनी का हाथे शुरु कइल गइल. एह मौका के समारोह मनावल गइल आ भोजपुरी फिल्मोद्योग के जानल मानल लोग मौजुद रहे. एह फिल्म के निर्देशन हीरा सरोज कइले बाड़न जिनकर गिनती भोजपुरी फिल्मोद्योग के मशहूर कैमरामैन में कइल जाला. निर्माता सर्वेश सैनी के एह फिल्म में सर्वेश सैनी, कोमल ढिल्लन, अवधेश मिश्रा, रीतू पाण्डे वगैरह कलाकार शामिल बाड़े. फिल्म के प्रस्तुत कइले बाड़न राजदीप सैनी.


(स्रोत – समरजीत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts