अनारा गुप्ता मोहब्बत में कइली एगो प्रमोशनल आयटम नम्बर

भोजपुरी सिनेमा के इतिहास में पहली बेर कवनो फिल्म के प्रमोट करे ला एगो प्रमोशनल सांग फिल्मावल गइल भोजपुरी फिल्म कजरा मोहब्बत वाला खातिर. आ ई आयटम फिल्मावल गइल हॉट एण्ड हीट गर्ल अनारा गुप्ता का ऊपर. निर्माता हरीश जायसवाल, प्रमोद शास्त्री आ धर्मेन्द्र सिंह के एह फिल्म के श्रीधर शेट्टी कइले बाड़न.

भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनंद, प्रतिभा पांडे, धीरज पंडित आ लवी रोहतगी के मुख्य भूमिका वाली एह फिल्म के प्रमोशनल सांग का बारे में निर्देशक श्रीधर शेट्टी के कहना रहल कि ऊ अनारा गुप्ता के बतौर नायिका लिहल चाहत रहले बाकिर डेट्स के दिक्कत रहल. से अब एह प्रोमोशनल सांग का सहारे अनारा गुप्ता के फिल्म से जोड़ल जा रहल बा. पिछला दिने एह गाना के शूटिंग खातिर भारी तामझाम वाला इंतजाम कइल गइल. अनारा गुप्ता के कहना बा कि एहसे एगो नया ट्रेंड शुरु होखी आ अब हिंदी का तर्ज पर भोजपुरीओ में प्रमोशनल आयटम नंबर नामी अभिनेत्रियन का साथे शुरु होखी.


(स्रोत – शशिकांत सिंह )

1 Comment

  1. अनाम

    anara looking beautiful and hot.

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..