हिन्दू आस्था के केन्द्र मठ मंदिरन पर सरकार नजर टेढ़ मत करे : कहनी शंकराचार्य

काशी सुमेरू पीठाधीश्वर जगतगुरू शंकराचार्य स्वामी नरेन्द्रानन्द सरस्वती आजु वाराणसी में यूनीवार्ता से कहलन कि मठ आ मन्दिर हिन्दु आस्था के केन्द्र हई सँ आ सरकार एहनी पर खराब नजर ना डाली त ठीक रही. शंकराचार्य जी कहनी कि अगर सरकार के आपन आर्थिक स्थिति सुधारही के बा त पहिले पूंजीपतियन, बिल्डरन आ माफिया अउर भठियारा नेता मंत्रियन पर हाथ डाले आ विदेशी बैंकन में जमा धन वापिस ले आवे. कहनी कि भगवान के चढावा मे मिलल धन से चिकित्सालय, गोशाला आ अउरी धार्मिके काम होखे त सही होखी. आ अगर सरकार के सोना चाहीं त सगरी धर्म के संस्थानन के सूची बनावे आ केहू का साथे दू नेति मत करे.

मुजफफरनगर के दंगा पर शंकराचार्य के कहना रहे कि प्रदेश सरकार मुस्लिम तुष्टीकरण के नीति छोडके गरीबन के मदद करे. दंगा के दोषियन के कडा सजाय देव, जातिगत चश्मा से मत देखे. इहो कहनी कि उत्तर प्रदेश के कानून व्यवस्था पूरा तरह से बेपटरी हो गइल बा.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।