‘लड़ाई’ के पहिला झलक देखावल गइल

Ladai-posterपिछला दिने भोजपुरी फिलिमन के रियल रंगबाज हैदर काजमी अभिनीत फिलिम ‘लड़ाई’ के पहिला झलक देखा दिहल गइल आ सभे एहके पसंद कइलसि. ‘लड़ाई’ में स्टंट सीन के भरमार बा. निर्माता हउवें के.के. तिवारी आ निर्देशक आनंद गहतराज. बैनर बावे स्क्वायर फिल्म्स के.

अपना सुपर हिट फिलिम ‘भाई जी’ से चरचा में आइल बिहार के बक्सर के अभिनेता विशाल तिवारी अब भोजपुरी सिनेमा के अभिन्न अंग बन गइल बाड़ें. उनुका साथे एह फिलिम में हैदर काजमी, विशाल तिवारी, अंजना सिंह, नूरी शेख, प्रीती सिंघानिया, देव, सी.पी. भट्ट, डैनी शेहरावत, बालेश्वर सिंह, सोनू झा अउर माया यादव के मुख्य भूमिका बा. गानो एक से बढ़के एक सुने के मिले वाला बा जवना के संगीतकार हउवें अमन के. श्लोक आ राकेश शर्मा. संवाद आ पटकथा लेखक मनोज पाण्डे, मारधाड़ निर्देशक रियाज सुल्तान, नृत्य निर्देशक संजय कोरबे. कला अंजनी तिवारी. ध्वनि आरिफ आलम खान, कैमरामैन नरेन्द्र पटेल, आ एडीटर गोविंद दुबे हउवें.

‘लड़ाई’ के कार्यकारी निर्माता हउवें अखिल के. एहमें प्रीती सिंह के आइटम नम्बर एकर प्लस प्वाइंट होखी,


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..