नीरा राडिया का घर दफ्तर पर फजीरही से छापा

आजु फजीरही से सीबीआई के अलग अलग टीम नीरा राडिया, टेलीकाम के पूर्व सचिव प्रदीप बैजल, ए. राजा के भाई बहिन, तमिल पत्रकार कामराज, इहाँ तकले कि करुणानिधि परिवारो से जुड़ल कुछ जगहन पर छापा मरले बा. बतावल जा रहल बा कि नीरा राडिया से पूछताछ चल रहल बा आ नीरा के लैपटॉप जब्त कर लिहल गइल बा. एह मामिला में एगो हवाला कारोबारी का दफ्तरो पर छापा पड़ल बा जेकरा पर संदेह बा कि ऊ नीरा राडिया के धन हवाला से विदेश भेजत रहे आ करिया के उज्जर करे में लागल रहे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।