खिसियाइल भीड़ दारोगा के मार दिहलसि

गाजीपुर जिला के जमानियाँ उपडाकघर से लाखों रुपिया के किसान विकास पत्र चोरावे का आरोप में ककरैत गाँव के मनोज बिन्द के गिरफ्तारी का खिलाफ काल्हु ओह समुदाय के लोग बिना अनुमति प्रदर्शन करे निकलल रहुवे. जमानियाँ थाना के कोतवाल ओह लोग के रोके के कोशिश कइलें त भीड़ गरमा गइल आ पथराव होखे लागल. भीड़ पर काबू करे खातिर मजबूर होके पुलिस फायरिंग कइलस जवना में एगो औरत घवाहिल हो गइल. ओकरा बाद भीड़ अउरी बेकाबू होके के पुलिस बल के चहेट दिहलसि. कोतवाल त एगो कोठरी में लुका के आपन जान बचा लिहलन बाकिर थाना इंचार्ज रामाराव के भीड़ पकड़ि लिहलसि आ ईंटा पत्थर से कूंच के उनकर हत्या कर दिहलसि. पुलिस के कहना बा कि शोषित समाज का बैनत तले भाकपा माले के कार्यकर्ता रहलें आ एहमें पड़ोसी जिला चन्दौली के नक्सलियन के शामिल होखे से इन्कार ना कइल जा सके. भाकपा माले एह बाति के निराधार बतवले बा आ ओह प्रदर्शन में अपना समिलाती से इन्कार कइले बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।