वरुण गाँधी के शादी

हिन्दू परम्परा का मुताबिक संजय गाँधी के बेटा आ भाजपा नेता वरुण गाँधी के शादी आजु बनारस का कांची कामकोटिश्वर मठ में बंगाली बाला यामिनी राय चौधरी से होखे जा रहल बा. कुछ दिन पहिले वरुण गाँधी के नानी के मौत का चलते दिल्ली में होखे वाला स्वागत समारोह रद्द कर दिहल गइल बा. मठ के स्वामी जयेन्द्र सरस्वती के कहना बा कि वरुण गाँधी के गोत्र पंडित जवाहर लाल नेहरु वाला मानल जाई. मठ में कवनो पहिला बेर शादी नइखे हो रहल. एहसे पहिलहू कांची मठ हर साल अगस्त में शादी करावत आइल बा. स्वामी जयेन्द्र सरस्वती इहो कहलन कि मीडिया के चाहीं कि अब ऊ वरुण का नाम का साथ पंडित लगावल शुरु कर देव. वरुण पंडित लिखे आ वरुण गाँधी लिखल बन्द कर देव. शादी के बोलहटा वरुण गाँधी खुदे अपना बड़की माई के दे आइल रहले बाकिर बड़की माई शायदे अइहें. राहुल के टँगड़ी में फ्रेक्चर बा. एहसे हो सकेला कि खाली प्रियंका गाँधी शादी में आवसु.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..